गेमिंग में वैश्विक नेतृत्व की ओर भारतीय युवाओं को प्रेरित करता है

---Advertisement---


पीएम मोदी के स्वतंत्रता दिवस के भाषण : गेमिंग में वैश्विक नेतृत्व की ओर भारतीय युवाओं को प्रेरित करता है

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 78वां स्वतंत्रता दिवस के मौका प लाल किला के प्राचीर से अपना भाषण में एगो महत्वपूर्ण संदेश देले। उ भारतीय युवा लोग के खाली खेल खेले में ना बल्कि खेल बनावे में भी दुनिया भर में अग्रणी बने के प्रेरणा देले।

प्रधानमंत्री मोदी एह बात पर जोर दिहलन कि भारत के विश्वस्तरीय गेमिंग उत्पाद बनावे के चाहीं. एकरा से ना सिर्फ नया रोजगार के अवसर पैदा होई, बालुक भारतीय गेमिंग इंडस्ट्री भी वैश्विक स्तर प एगो नाया पहचान पैदा करे में सक्षम होई। पीएम मोदी अपना भाषण में कहले कि, “हम आईटी प्रोफेशनल अवुरी एआई विशेषज्ञ से गेमिंग उत्पाद के अग्रणी बनावे के निहोरा करतानी। हमरा उम्मेद बा कि भारत भी उच्च गुणवत्ता वाला एनिमेटर पैदा करी, काहेंकी इ एगो बहुत बड़ वैश्विक उद्योग ह।”

आँकड़ा के मोताबिक एह घरी दुनिया के कुल गेमर्स में भारत के हिस्सेदारी 17-20% बा। भारत में ऑनलाइन गेमर्स के संख्या 44.2 करोड़ हो गइल बा जेवना से ई वैश्विक स्तर पर गेमिंग यूजर बेस के दुसरा सभसे बड़ बाटे, खाली चीन के पीछे।

प्रधानमंत्री मोदी अपना भाषण में कहले कि भारत के युवा शक्ति के ए विशाल अवुरी तेजी से बढ़त उद्योग में आपन जगह बनावे के चाही। उ इहो कहले कि देश में ना सिर्फ भारी संख्या में गेमर बाड़े, बालुक इहाँ के युवा भी तकनीकी अवुरी रचनात्मक क्षमता से लैस बाड़े। एह क्षेत्र में निवेश आ नवाचार भारत के वैश्विक गेमिंग बाजार में एगो महत्वपूर्ण स्थान दे सकेला।

प्रधानमंत्री तकनीक अवुरी आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के विशेषज्ञ से गेम डेवलपमेंट में सक्रिय भूमिका निभावे के निहोरा कईले। संगही उ कहले कि भारतीय एनिमेटर के क्वालिटी के अंतरराष्ट्रीय स्तर प ले आवे के होई। एहसे भारत के गेमिंग इंडस्ट्री त बढ़ी ना बलुक देश में रोजगार के नया अवसर भी पैदा होई।

एह बयान के बाद भारत में गेमिंग क्षेत्र के संभावना अवुरी महत्वाकांक्षा प एक नजर डालल जरूरी हो जाला। गेमिंग अब खाली मनोरंजन के माध्यम नइखे रहि गइल, बलुक ई एगो ताकतवर उद्योग बन गइल बा, जवन आर्थिक बिकास आ तकनीकी नवाचार में योगदान दे रहल बा।

प्रधानमंत्री मोदी के ए पहल के बाद उम्मीद बा कि भारत के युवा अवुरी तकनीकी पेशेवर ए क्षेत्र में नाया प्रयास के गति दिहे। गेमिंग इंडस्ट्री में भारत के प्रमुखता बढ़ावे अवुरी वैश्विक मंच प स्थापित करे खाती इ एगो महत्वपूर्ण कदम हो सकता।

एह दिशा में काम कइला से भारत के वैश्विक स्तर पर मान्यता त मिलबे करी बलुक देश के आर्थिक हालात मजबूत हो जाई. अब देखे के बा कि भारतीय युवा एह प्रेरणा से केतना जल्दी कार्रवाई करेले अवुरी गेमिंग के ए नाया दौर में भारत के भूमिका के कतना मजबूत करेले।





Source link

Join WhatsApp

Join Now
---Advertisement---

Leave a Comment