DA logo

शिखर धवन अंतरराष्ट्रीय आ घरेलू क्रिकेट से संन्यास लेबे के एलान कइले

शिखर धवन अंतरराष्ट्रीय आ घरेलू क्रिकेट से संन्यास लेबे के एलान कइले
 | 
शिखर धवन अंतरराष्ट्रीय आ घरेलू क्रिकेट से संन्यास लेबे के एलान कइले
शिखर धवन अंतरराष्ट्रीय आ घरेलू क्रिकेट से संन्यास लेबे के एलान कइले

बियफे (24 अगस्त) के भारतीय क्रिकेट स्टार शिखर धवन अपना 13 साल के यशस्वी क्रिकेट कैरियर के अंत के एलान कइलन. ई फैसला ओह सगरी क्रिकेट प्रेमियन खातिर एगो बड़हन झटका बा जे बल्लेबाजी का साथे धवन के बेजोड़ पारी के मजा लेत आइल बा.

धवन दिसंबर 2022 में बांग्लादेश के खिलाफ एकदिना सीरीज में भारत खातिर अपना करियर के आखिरी मैच खेलले रहले। अब 38 साल के धवन अपना प्रशंसकन के एगो भावुक वीडियो मैसेज शेयर करत अपना करियर का दौरान मिलल समर्थन आ प्यार खातिर सभका के धन्यवाद दिहलन.

वीडियो में धवन कहले कि, हमार हमेशा से सिर्फ एक लक्ष्य रहे – भारत खाती खेलल। हम बहुत लोग के मदद से इ काम कईनी। सबसे पहिले हमार परिवार, हमार बचपन के कोच तारक सिन्हा आ मदन शर्मा, जिनका मार्गदर्शन में हम क्रिकेट सीखनी। फेर हमार पूरा टीम, जेकरा साथे हम बरिसन खेलत रहनी, हमरा एगो अउरी परिवार, प्रसिद्धि आ सभकर प्यार आ साथ मिलल. कहल जाला कि कहानी के आगे बढ़ावे खातिर पन्ना पलटे के पड़ेला। त हमहूँ इहे कर रहल बानी, अंतर्राष्ट्रीय आ घरेलू क्रिकेट से रिटायरमेंट के एलान कर रहल बानी।"

धवन के टेस्ट करियर के बात कइल जाव त ऊ 2315 रन बनवले जवना में सात गो शतक आ पाँच गो आधा शतक शामिल रहल आ औसतन 40.61 रन बनवले. टेस्ट क्रिकेट में ऊ भारतीय डेब्यू पर 187 रन के सबसे अधिका व्यक्तिगत पारी खेलले.

एकदिना में धवन 17 शतक आ 39 पचास समेत 6793 रन बनवले आ औसतन 44.11 रन बनवले. टी-20 इंटरनेशनल में ऊ 1759 रन बनवले जवना में 11 गो पचास रन शामिल रहे जवना के स्ट्राइक रेट 126.36 रहे.

धवन के क्रिकेट सफर बेहद प्रेरणादायक रहल बा। रिटायरमेंट के एलान का बाद ऊ इंडियन प्रीमियर लीग (आईपीएल) में खेलत रहीहें जवन उनुका प्रशंसकन खातिर एगो बढ़िया खबर बा. आईपीएल में उनुका मौजूदगी से क्रिकेट प्रशंसकन के बहुते बढ़िया पारी देखे के मौका जरूर मिली.

धवन के कैरियर सही मायने में एगो प्रेरणा बा आ उनुका रिटायरमेंट के एलान का साथे क्रिकेट के दुनिया एगो महत्वपूर्ण अध्याय के बंद कर रहल बा. क्रिकेट के प्रति उनकर अनोखा योगदान आ जुनून हमेशा याद राखल जाई. क्रिकेट प्रेमी लोग के ओर से हमनी के धवन के भविष्य खातिर शुभकामना देत बानी जा आ उम्मीद बा कि आवे वाला समय में उ आपन क्रिकेट सफर जारी राखी।

--