DA logo

दिल्ली कोर्ट मनी लांड्रिंग केस में सत्येन्द्र जैन के जमानत दे दिहलसि

दिल्ली कोर्ट मनी लांड्रिंग केस में सत्येन्द्र जैन के जमानत दे दिहलसि
 | 
दिल्ली कोर्ट मनी लांड्रिंग केस में सत्येन्द्र जैन के जमानत दे दिहलसि
दिल्ली कोर्ट मनी लांड्रिंग केस में सत्येन्द्र जैन के जमानत दे दिहलसि

एगो खास कानूनी घटनाक्रम में दिल्ली के एगो अदालत बियफे 18 अक्टूबर के आम आदमी पार्टी के नेता आ दिल्ली के मंत्री रहल सत्येंदर जैन के मनी लांड्रिंग के मामिला में जमानत दे दिहलसि. 30 मई 2022 से न्यायिक हिरासत में बंद जैन के मनी लांड्रिंग के एगो जानल मानल मामला में गिरफ्तार कईल गईल, जवना में कथित वित्तीय गड़बड़ी शामिल रहे। ए मामला में उनुका प चार कंपनी से जुड़ल आरोप लगावल गईल, जवन कि कथित तौर प उनुका चाहे उनुका सहयोगी के नियंत्रण में रहे।

जैन के 18 महीना से अधिका जेल में रहला का बाद कोर्ट उनुका के जमानत देबे के फैसला कइलसि. विशेष न्यायाधीश विशाल गोयल एह फैसला के पीछे मुकदमे में देरी के मुख्य कारण बतवले। जज कहले कि, बहुत दिन से मुकदमा शुरू नईखे भईल अवुरी शुरू होखे में अवुरी समय लाग सकता, अयीसन स्थिति में आरोपी के जमानत दिहल उचित होई। संगही उ कहले कि जमानत देवे खाती जैन के स्थिति अनुकूल बा, काहेंकी मामला के शुरुआत अवुरी अंत में बहुत समय लाग सकता।

कोर्ट जमानत के शर्त के तहत ₹50,000 के जमानत राशि अवुरी ओतने रकम के दु जमानत देवे के आदेश देलस। एह मामिला पर वित्तीय अपराध का खिलाफ कड़ा कानून मनी लांड्रिंग रोकथाम अधिनियम (पीएमएलए) का तहत चलावल जा रहल बा आ जैन पर मनी लांड्रिंग के गंभीर आरोप बा. अयीसना में ए फैसला के ए मामला में एगो महत्वपूर्ण मोड़ मानल जाता।

जैन के मनी लांड्रिंग में कथित संलग्नता के जांच के बाद प्रवर्तन निदेशालय मई 2022 में उनुका के गिरफ्तार कईले रहे। ईडी के आरोप के मुताबिक जैन ए कंपनी के इस्तेमाल अवैध पईसा के हस्तांतरण खाती कईले रहले, हालांकि उ बार-बार ए आरोप के खंडन करत एकरा के राजनीतिक प्रतिशोध बतवले बाड़े।

जैन के गिरफ्तारी ओह घरी सुर्खी बन गइल जब आम आदमी पार्टी अपना राजनीतिक सफलता के चरम पर रहुवे. उनुकर समर्थक के मानना ​​बा कि केंद्र सरकार के ओर से दिल्ली के विपक्षी नेता के निशाना बनावे के कोशिश बा, खास तौर प जब आप के राजनीतिक ताकत बढ़ता। विपक्षी दल भी जैन के गिरफ्तारी प सवाल उठवले अवुरी आवे वाला चुनाव से पहिले आप के कमजोर करे के साजिश बतवले।

जैन के जमानत के संगे-संगे एकर राजनीतिक दृष्टिकोण से भी निहितार्थ होखे के उम्मेद बा, काहेंकी आप आवे वाला चुनाव के तैयारी में व्यस्त बिया। उनुका के लंबा समय तक हिरासत में रहला प उनुका राजनीतिक सहयोगी देश में भी नाराजगी रहे, जवन कि एकरा के केंद्रीय एजेंसियन के ‘प्रतिशोध’ के कार्रवाई मानत रहले।

एही बीच प्रवर्धन निदेशालय मनी लांड्रिंग केस के छानबीन करत रही आ जमानत के बावजूद आरोप के अदालत में साबित करे खातिर जरूरी सबूत पेश करी। पीएमएलए के तहत अयीसन मामला में कानूनी प्रक्रिया अक्सर लंबा होखेला अवुरी ए मामला में भी इहे होखे के संभावना बा।

सत्येंदर जैन के समर्थक उनुका जमानत के अस्थायी राहत मानत बाड़े, लेकिन मामला अभी खतम होखे से बहुत दूर बा अवुरी मुकदमा के आगे बढ़त कानूनी विवाद के सामना करे के पड़ सकता।

एही बीच सत्येंदर जैन फिलहाल जमानत प बाहर बाड़े जबकि कोर्ट के प्रक्रिया जारी बा।

--