नीरज चोपड़ा के महतारी के 'बेटा लाइक' कमेंट प अरशद नदीम के प्रतिक्रिया

पेरिस ओलंपिक 2024 में स्वर्ण पदक जीते वाला पाकिस्तान के स्टार भाला फेंके वाला अरशद नदीम भारतीय भाला फेंके वाला नीरज चोपड़ा के महतारी सरोज देवी के ‘बेटा लाइक’ टिप्पणी पर प्रतिक्रिया दिहले बाड़न.
सरोज देवी नीरज के हार के बावजूद नदीम के उपलब्धि के तारीफ करत उनुका के 'बेटा निहन' बतवली। एएनआई के दिहल बयान में उ कहले कि, हमनी के बहुत खुश बानी। हमनी खातिर चांदी सोना के बराबर बा। स्वर्ण जीते वाला (नदीम) भी हमनी के बेटा जइसन बा। ऊ घायल हो गइल रहले एहसे हमनी का उनुका प्रदर्शन से खुश बानी जा. हम उनकर मनपसंद पकवान बनाइब।”
ए स्नेहपूर्ण टिप्पणी के जवाब देत नदीम कहले कि, माई सभके महतारी होखेला, एहसे उ सभके खाती दुआ भी करेली। नीरज चोपड़ा के माई के आभारी बानी। उहो हमार माई हई। उ हमनी खाती दुआ कईले अवुरी हमनी के दक्षिण एशिया के दुगो खिलाड़ी रहनी, जवन कि विश्व पटल प आपन प्रस्तुति देले।” नदीम के इ बयान ना सिर्फ उनुका जीत के रेखांकित करता बालुक पड़ोसी देश के खिलाड़ियन अवुरी उनुका परिवार के बीच एकता अवुरी सम्मान के भावना के भी उजागर करता।
पेरिस ओलंपिक में भाला फाइनल में 27 बरीस के नदीम शानदार प्रदर्शन कइलन आ नीरज के हरा के स्वर्ण पदक जीत लिहलन. पहिला कोशिश में दुनु खिलाड़ी फाउल कइले बाकिर नदीम अपना दुसरका कोशिश में 92.97 मीटर के लमहर फेंक के स्वर्ण पदक सुनिश्चित कर लिहलन. दूसरा प्रयास में नीरज भी 89.45 मीटर फेंकले, लेकिन नदीम के फेंक के पार ना कर पवले।
नदीम के जीत ना सिर्फ उनुका निजी करियर में एगो महत्वपूर्ण मील के पत्थर साबित भईल बालुक पाकिस्तान के खेल इतिहास में भी एगो खास जगह बनवलस। उनुका एह उपलब्धि के स्वागत घर में समर्थन आ उत्साह से कइल गइल.
खेल जगत दुनु एथलीटन के बेहतरीन प्रदर्शन आ ओह लोग के आदर्श खेलाड़ीपन के सराहना कइले बिया. सरोज देवी के गरमजोशी आ नदीम के विनम्र प्रतिक्रिया ओलंपिक खेलन के भावना के याद दिलावत बा जवन प्रतिस्पर्धा से परे साझा मानवता आ एकता के जश्न मनावेला.
--